खूंटा ठोक के- दिल्ली से लौटते नीतीश क देले खेल, PM उम्मीदवारी प भईल खुलसा

खूंटा ठोक के- दिल्ली से लौटते नीतीश क देले खेल, PM उम्मीदवारी प भईल खुलसा

नीतीश कुमार के दिल्ली यात्रा अबकी बेरी खूब चर्चा में बाटे होखे काहे ना अबकी जबर्दस्त स्कीम बना के गइल रहन। दिल्ली में नीतीश जी पहिले लालू यादव से भेंट कईले। उनूकर हाल चाल पुछ्ले औरी 2024 चुनाव के चर्चा भईल। 

नीतीश कुमार तेजस्वी यादव के संगे राहुल गांधी आ मल्लिकार्जुन खड़गे से बंद कमरा में ढेर देरी तक बात भईल। ओकरा बाद मीडिया के सोझा विपक्षी एकता के एकजुट करे के घोषणा भईल। राहुल गांधी, खड़गे औरी तेजस्वी तीनों दल के आधा दर्जन नेता प्रेसवार्ता में शामिल रहन। ओकरा बाद अरविंद केजरीवाल से भेंट भईल।

केजरीवाल के साथे आ के एकजुटता देखावे के बाद दूनो आगे के रणनीति प साथ चले के बात गछले। बाकी इहो बात केजरीवाल कहले की अबही त ई पहिलके मुलाकात ह अबहीं आगे औरी बात होई। नीतीश के दिल्ली यात्रा में वामदल के कइगो नेता से भेंट भईल। नीतीश के फॉर्मूला धीरे धीरे एक एक क के निमन लागल। असली बात ई भईल की नीतीश के दिल्ली यात्रा के बाद भाजपा डेरा गइल बा। 

असल में नीतीश वाला फॉर्मूला से भाजपा के बुझाता की ओकर प्लान में अबहि कमी बा। ऐही से दिल्ली से पटना तक नया प्लान औरी नया साथी के संगे मेलजोल बढ़ावे लागल बा।चिराग से नित्यानंद राय जा के मिलले त ओने मांझी के दिल्ली बोला के अमित शाह बंद कमरा में घंटो बतियवले। अब नारे लागे लागल देश के PM कइसा हो नीतीश कुमार जइसा हो। ई सुनते नीतीश चुप्पी तुरले त ओने भाजपा के बढ़ गइल बेचैनी।